रानी चटर्जी एह मामिला में खुशनसीब बाड़ी कि भोजपुरी सिनेमा में उनुका हमेशा चैलेंजिगे रोल मिलल. पर साल जीतेश दूबे के मुन्नीबाई नौटंकीवाली उनुका के नम्बर वन का कुर्सी पर बईठा दिहलस त एहू साल रानी अपना फिल्म पायल, भईया के ससुरारी में, साँवरिया आई लव यू, आ छोटका भईया जिन्दाबाद के ले के पूरा उछाह में बाड़ी. लीं पढ़ीं रानी चटर्जी का कहत बाड़ी हमरा सवालन का जवाब में..
एह साल राउर चारो फिल्म पायल, भईया के ससुरारी में, साँवरिया आई लव यू, आ छोटका भईया जिन्दाबाद ब्लाक बस्टर साबित होखी? का सोचत बानी?
हम का कहीं. सगरी त रउरे कह दिहनी. राउर सवाले हमरा खातिर प्रशंसा बा.
पायल में चुड़ैल बनल बानी. भूत प्रेत में विश्वास करीलें का?
हँ, आ बता दीँ कि एह फिल्म पायल का शूटिंग का दौरान हम कई बेर बहुते डेराइबो कइनी.
भईया का ससुरारी में पहिला बेर बिरहा सम्राट विजयलाल का साथे काम कइले बानी. कइसन रहल?
बहुते सुलझल आदमी हउवन विजयलाल जी. उनका साथे काम कइल बढ़िया लागल.
कहल जा रहल बा कि एह चारो फिल्मन में रउरा जम के काम कइले बानीं?
एह फिल्मन के डिमांडे वइसन रहे कि हम जम के काम करीं, से हम कइबो कइनी.
एह फिल्मन में अपना किरदारन से रउरा खूश बानी?
हँ खुश त बानी काहे कि जानत बानी कि एह फिल्मन से दर्शकन के भरपूर मनोरंजन होखे जा रहल बा.
पर साल राउर मुन्नीबाई नौटंकीवाली सबले बड़ ब्लाकबस्टर फिल्म रहुवे. एहू साल का राउर टॉप वन के चार्ट बरकरार रही?
हम कवनो नम्बर गेम ना मानीलें.बढ़िया स्क्रिप्ट आ बढ़िया निर्देशकन का साथे काम कर रहल बानी, दर्शकन के भरपूर प्यार मिल रहल बा. अतने काफी बा.
साँवरिया आई लव यू में रउरा विनय आनन्द का साथे बानी. विनय आनन्द के चुहलबाजी से कबो कवनो परेशानी?
विनय आनन्द का साथे काम कइला के मतलब होला हँसत हँसत लोटपोट होत रहल. एहू फिल्म में ऊ खूबे हँसवलें. बाकिर काम का घरी विनय आनन्द अतना सीरियस हो जालन कि पूछीँ मत.
साँवरिया आई लव यू के प्रस्तुतकर्ता जीतेश दूबे हउवें जिनकर फिल्म मुन्नीबाई नौटंकीवाली पिछला साल रउरा के टॉप पर रखले रहुवे. का कहब जीतेश दूबे का बारे में?
जीतेश जी कमाल के शख्स हईँ. यूनिट के हर सदस्य के ऊहाँ का पूरा ध्यान राखीलें. हम त बार बार काम कइल चाहब उनका साथे.
विक्रात का साथ पायल में, विजय लाल का साथे भईया का ससुरारी में. कइसन लागत बा नयका अभिनेता लोग के ई खेप?
मनोज तिवारी जी का साथे हमार पहिलका फिल्म रहे ससुरा बड़ा पइसा वाला. एहू साल उनका साथे छौटका भईया जिन्दाबाद में बानी. आ नयको कलाकारन का साथे काम करे के अनुभव बढ़िये रहल बा. एह लोगन का साथे काम कइला के मतलब रहल पूरा प्रोजेक्ट के नया खूबसूरती दिहल.
भईया के ससुरारी में के राउर फेवरिट निर्देशक राजकुमार पाण्डे निर्देशित कइले बाड़े. का कहब?
राजकुमार पाण्डेजी का साथे काम कइला के मतलब होला अभिनय के पूरा आनन्द ठावल. हमरा खूशी बा कि उनका निर्देशन में एह फिल्म में काम करे के मौका मिलल.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)
374 total views, 2 views today