AishwaryaAroraभोजपुरी सिनेमा जगत में एगो अउर अदाकारा आइल बाड़ी. भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता से रोजे एगो ना एगो नया चेहरा सामने आवत बा. अब आइल बाड़ी शपथ, सावधान इंडिया, हांटेड नाईट्स, सीआईडी, दीया और बाती हम, शैतान, दुर्गा, जय जय बजरंगबली, ससुराल सिमरन का, बड़े अच्छे लगते हैं, पवित्र रिश्ता, ये रिश्ता क्या कहलाता है, हिटलर दीदी, एक हजारों में मेरी बहना जइसन अनेके सीरियल में सहायक कलाकार रहल आ पुलिस फाईल सीरियल में मुख्य कलाकार के रूप में दर्शकन प आपन छाप छोड़े वाली ऐश्वर्या अरोड़ा.

ऐश्वर्या जल्दिए भोजपुरी फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ में नजर अइहें. एह फिलिम में ऐश्वर्या एगो गवई लड़िकी के किरदार में बाड़ी.

आर॰ एम॰ फिल्मस प्रा॰लि॰ के बैनर में बनत एह फिलिम के निर्माता मुकेश सोनी आ संतोष सोनी, निर्देशक शाद कुमार, लेखक लालजी यादव, कार्यकारी निर्माता अतिन दूबे, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, संगीतकार छोटे बाबा, गीतकार अशोक सिन्हा, फणीन्द्र राव, प्रेम सागर अउर जीतेन्द्र मिर्जापुरी, कला निर्देशक प्रदीप कुमार झा, प्रोडक्शन डिजाईनर मोहन भिन्गी, आ निर्माण प्रबंधक अब्दुल सिददकी अउर रंगलाल निषाद हउवें.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, राकेश मिश्रा, अरविन्द अकेला ’कलुआ’, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, बालेश्वर सिन्ह, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, ऐश्वर्या अरोड़ा, साहिल शेख, मेहनाज सराफ, सीमा सिंह आ संजय पाण्डेय शामिल बाड़ें.


(संकेत बेदर्दी)

 181 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: