Rinku-blueभोजपुरी सिनेमा के अव्वल नायिका रिंकू घोष के जादू एह घरी सगरो चलत बा. एक ओर जहाँ रिंकू घोष के निर्माता निर्देशक आजुओ अपना फिलिमन ला साइन करत बाड़ें ओहिजे उनकर पसंदीदा निर्देशक उनका ला स्पेशल गाना ले रखवावत बाड़े आ डांस तड़का अइसन कि सुने बइठस त कैटरीना कैफो सुनत रह जासु आ रिंकू घोष के डांस तड़का जरुरे देखेसु.

पिछला दिने रिंकू घोष निर्देशक एम.आई,राज के खास बोलहटा पर उनुका फिलिम “कट्टा चलल दुपट्टा पर” ला एगो खास गाना कइली. एह गाना के बोल रहल “बियर ढार देही का…” एह गाना में रिंकू घोष संगे सुपर स्टार पवनो सिंह हंगामा मचवले.

एह बारे में एम आई राज बतवले कि रिंकू घोष उनकर पसंदीदा नायिका हई. एहसे अपना फिलिम “कट्टा चलल दुपट्टा पर” ला रिंकू से कूछ अलग करवावे के सोचनी त दिमाग में आइल कि जइसे हिन्दी फिलिमन में बड़की नायिको के स्पेशल आयटम गाना रखाला काहे ना ओही तरह “कट्टा चलल..” फिलिमो में रिंकू के स्पेशल गाना रखल जाव. फेर बहुते मेहनत से रिंकू घोष के एह ला तइयार करवनी.

एह गाना के मिलल सफलता से रिंकू घोष बहुते खुश बाड़ी. बतवली कि पहिलही निर्देशक के कह दिहले रहुवी कि गाना फूहड़ ना होखे के चाहीं आ शुक्र बा कि एम आई राज जी हमार मान राख लिहलन.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: