आपन बनावल भोजपुरी फिलिम “कट्टा तनल दुपट्टा पर” के प्रोमोशन करे खातिर पिछला दू दिन से बिहार घूमत राखी सावंत अतवार का दिने छपरा के शिल्पी टाकिज चहुँपली. पियाजी रंग के सलवार सूट पहिरले, आँखि प बड़हन चश्मा लगवले आ होंठ पर टहटह लाली लगवले राखी सावंत कहली कि मराठी होखला का बावजूद उनुका भोजपुरी से लगाव बा आ एही चलते आपन पहिलका फिलिम भोजपुरी में बनवली. भोजपुरी समाज खातिर ई एगो साफ सुथर फिलिम हवे. उमेद जतवली जे देखेवाला लोग एह फिलिम के खूब पसंद करी.
एह मौका प देखेवालन क बीच राखी सावंत के फोटो खींचे ला आपाधापी लागल रहुवे. सभे चाहत रहुवे उनकर एक झलक देखे ला उनुका से तनी बतिया लेबे ला.
एह फिलिम के राखी सावंत निर्माता राहुल कपूर संगे मिल के बनवले बाड़ी.
बाद में पत्रकारन से बतियावत राखी सांवंत एह मौका प राजनीतिओ बतियावे से ना चूकली. कहली कि राहुल गाँधी अतना बढ़िया लागेलें कि उनुका से शादी करे ला तइयार बाड़ी बस उ एक बार कहि के त देखसु. बाकिर चुनाव में प्रचार नरेन्द्र मोदी ला करीहें आ चहीहें कि देश के अगिला प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बनसु,
382 total views, 2 views today