SameerKhan-Monalisa‘चढता सूरज धीरे-धीरे’ अउर ‘दरवाजा खुला रखना’ नाँव के वीडियो अलबम से सचहू समीर खान ला फिलिम के दरवाजा खुल गइल आ ओहमें घुसते ऊ तेज दउड़ लगा दिहलन. फिल्मी सफलता के शिखर छूए ला लगातार कोशिश में लागल समीर खान पीछे मुड़के ना देखे के किरिया खा लिहलन आ अपना कठिन डगर के आसान बना लिहलन. स्कूलिए जीवन से अपना गवनई से सभका के दीवाना बना चुकल समीर खान अभिनयो के अपना जीवन के हिस्सा बनावत थियेटरों ओर रूख कइलन आ देखते देखत दर्जनों अलबमन का साथही कईगो बड़की भोजपुरी फिलिमनो के निर्देशक रहल आनंद डी़ गहतराज के निर्देशन में प्रेम त्रिकोण का आधार पर बनल फिलिम ‘साथिया साथ निभाना’ के शूटिंग पूरा कर लिहलें. एह फिलिम में मुख्य अदाकारा मोनालिसा आ अंजना सिंह बाड़ी.

समीर खान के अगो अउर फिलिम ‘ख्वाजा मेरे ख्वाजा’ रिलीज ला तइयार हो चुकल बा.

संगीत चैनलन पर समीर के सुरीली आवाज में गावल गीत आ अभिनय के मजा दर्शक उठावत बाड़ें, सुंदर मुखड़ा, सुरीला आवाज, ऑंखिन में तैरत सपना, गठीला बदन आ लाजवाब व्यक्तित्व के धनी समीर खान के अगिला फिलिम के दर्शकन के बेसब्री से इंतज़ार बा. अपना अभिनय में चार चांद लगावे के भरपूर कोशिश करे वाला समीर कवनो कलाकार के प्रतियोगी ना मानसु बाकिर अपने अभिनय से प्रतियोगिता कइलो ना छोड़सु.

वीनस ककंपनी से अनेके कैसेट बाजार में उतार चुकल समीर के अभिनय आ गवनई से सजल दर्जन भर फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ. वीनस पर रिलीज इनका कैसेटन में लेटेस्ट हिंदी अलबम ‘चांद सा चेहरा’ बा त तो भोजपुरी में ‘फलटू फटाक लागेलू’. आवेवाली फिलिमन में ‘क्यों अधिकार मिटाया’, ‘सपनों का ताजमहल’, ‘कौन रोकेला हमरा के’, ‘ख्वाजा मेरे ख्वाजा’, ‘साथिया साथ निभाना’ आ अपनी ‘धरती अपना खून’ खास बाड़ी सँ.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: