एक्शन किंग विराज भट्ट, मोनालिसा आ संजय पांडे के मुख्य भूमिका वाली भोजपुरी फिलिम ‘कसम वर्दी के’ प्रदर्शन से पहिलही से चरचा में आ गइल बा. निर्माता कांतिलाल मारू (गुज्जू भाई) आ निर्देशक दिनेश यादव के एह फिलिम में तीन-तीन गो टॉप क्लास के आयटम बाला अपना आयटम के लटका झटका देखइहें. ई रहीहें जानल मानल आयटम डांसर संभावना सेठ, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ नया नवेली बाला ग्लोरी.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)