दिनेश यादव के पहिचाने हो गइल बा हर साल हिट फिलिम देबे वाला निर्देशक के. पिछला साल दिनेश यादव निर्देशित आ चर्चित फिलिम रहल ‘धड़के तोहरे नावे करेजवा’ त एह साल अबले के सबले बड़हन हिट फिलिम ‘प्रेम दिवानी’. नया अभिनेता राकेश मिश्रा ले के बनल प्रेम दिवानी के बाद दिनेश यादव अब ले के आवत बाड़न एक्शन किंग विराज भट्ट के फिलिम ‘‘कसम वर्दी के’.
’कसम वर्दी के’ बीस सितम्बर के बिहार में रिलीज होखी आ बिहार के चप्पा चप्पा पर मौजूद भोजपुरियन के दिल जीती. पत्रकारिता से निर्देशन में आइल दिनेश यादव आ फिलिम के नायक विराज भट्ट दुनु एह फिलिम से बहुत उत्साहित बाड़ें. एह फिलिम ला विराज भट्ट पहिला बेर आपन लुक बदलले बाड़न.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
280 total views, 2 views today