KajalPawanभोजपुरी के बहुचर्चित फ़िलिम “प्रतिज्ञा २” में मशहूर लोक गायक आ सुपर स्टार पवन सिंह के चर्चित अदाकारा काजल राघानी संगे जोरदार रोमास देखे के मिली, पवन सिंह पुलिस अधिकारी के किरदार में आ काजल राघानी गाँव के एगो भोली भाली लइकी के किरदार में बाड़ी.

एह फिलिम में दू गो अउरीओ जोड़ी बा. खेसारी लाल आ स्मृति सिन्हा के अउर अनिल सम्राट आ अक्षरा सिंह के. एह फिलिम में एक्शन, इमोशन आ रोमांस के संगम के खौफनाक बनवले बाड़े सुशील सिंह, प्रकाश जैस आ नेता से अभिनेता बनल नयका खलनायक संजय यादव.

अगिला महीना रिलीज होखे जात एह फिलिम के खासियत कहाई कि एकर ट्रेलरे देखि के फिलिम वितरक एकर वितरण अधिकार खरीदे माटा अस जूटे लगले. एह फिलिम के बिहार आ मुम्बई टेरीटरी में निकहा दाम मिलल बा.


(उदय भगत)

 201 total views,  3 views today

By Editor

%d bloggers like this: