भोजपुरी सिनेमा के रानी रानी चटर्जी आजुकाल्हु गुजरात के मनोरम लोकेशनन प अपना आवे वाली फिलिम ‘गंगा के लाल काशी विश्वनाथ’ के शूटिंग करावत बाड़ी.
फिलिम मे एगो शहरी माडर्न अउर अमीरजादी लइकी के किरदार करत बाड़ी रानी. नायक बाड़न विनय आनंद.
लगातार नौ बरीस से भोजपुरी के नं०-1 नायिका रानी चटर्जी ‘बिटिया सदा सुहागिन रहा’, ‘दूल्हनिया जिंदाबाद’ अउर ‘जय मेहरारू जय ससुरारी’ फिलिमो मे नजर अइहे. एकरा अलावे रानी चटर्जी के ‘चंडी’, ‘इंसाफ की देवी’ अउर ‘आन मिलो सजना‘ रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ.
(प्रशांत निशांत)
412 total views, 4 views today