भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर स्टार रविकिशन भोजपुरी फिल्म लाठी में एक साथ नजर अइहें. फिल्म के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई में भोजपुरिया डॉन के संगीत रिलीज का मौका पर कइल गइल.

लाठी का मुहुर्त का मौका पर विश्व भोजपुरी सम्मेलन के कंवेनर सतीश त्रिपाठी, दोपहर का सामना के संपादक प्रेम शुक्ला, दुर्गा प्रसाद, संजय सिन्हा, मोनिका सिन्हा, राजकुमार आर पाण्डे, आनन्द गहतराज, विष्णू शंकर वेलू, प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, आ किशन खदरिया समेत बहुते दिग्गज मौजूद रहलें.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

One thought on “केकर लाठी भारी पड़ी”

Comments are closed.

%d bloggers like this: