KoshiPutraMuhurtस्नेह मोशन पिक्चर के बैनर में बनत फिलिम “कोशी पुत्र” के भव्य मुहूर्त पिछला दिने पटना में कइल गइल.

एह फिलिम ले नायक बाड़े उभरत कलाकार सुधीर कमल. एहसे पहिले सुधीर कमल के दू गो फिलिम रिलीज हो चुकल बा. एह फिलिमन के नाम रहे “सजनी पुकारे नदिया किनारे”, आ “जय पंडित”.

“कोशी पुत्र” के निर्माता विनोद गुप्ता बतवले कि फिलिम प्रेम के संदेश दिही. आजु जब सगर बुराई आ भठियरपन पसरल बा जवना के खतम करे ला हमार “कोशी पुत्र” आवत बाॆ

मुहुर्त मुख्य अतिथि डीके पाण्डेय के हाथे भइल. एह मौका प मौजूद रहले फिलिम से जुड़ल कलाकार सुधीर कमल, अनमोल आँधी, गुड़िया रानी, उषा, तनीषा, पुनम राठौर, संतोष सांवरिया, अंकिता, उदय राय, सहयोगी अमर विश्वकर्मा वगैरह.

एकर कहानी लिखले बाड़न अनिल मिश्र बेला आ निर्देशन करीहें इब्रान खान. शूटिंग जल्दिए पटना, कोशी क्षेत्र, मुम्बई, राजगीर, दार्जीलिंग वगैरह जगहन प करावल जाई.


(कुन्दन राज)

 253 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: