ग्रीन चिल्ली मीडिया एण्ड फिल्म प्राइवेट लि के बैनर तले बनत मल्टी स्टाररर भोजपुरी फिलिम ‘‘खून भरी मांग’’ के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के फिल्मसिटी में नारियल फोड़ के कइल गइल.
एह मौका प जानी मानी हस्ती लोग मौजूद रहुवे. एहमें खास रहले खेसारी लाल यादव, आनंद बिहारी यादव, सलाइ, अरुण सिंह, पंकज केसरी, पाखी हेगड़े, मोनालिसा, रिंकू घोष, शुभी शर्मा , अवधेश मिश्रा अउर राज जैसवाल. एकर निर्माता हउवें प्रदीप भैया आ निर्देशक हउवें राजकुमार. आर. पाण्डेय. एकरा के मुंबई के लोकेसनन प फिलिमावल जात बा.
एहमें कुल एगारह गो गाना बा. फिलिम महिला प्रधान एक्शन फिल्म ह. एहमें खेसारी लाल यादव के अलगे तरह के किरदार बा. लेखक हउवें संतोष मिश्रा. निर्देशक बतवले कि फिलिम के बनावत में दर्शकन के मनोरंजन के पूर धेयान राखल गइल बा.
निर्माता प्रदीप सिंह, संगीत निर्देशन राजकुमार.आर.पाण्डेय, छायांकन फ़िरोज़ खान, नृत्य निर्देशक रामदेवन, गीत प्यारे लाल यादव, आ कला अवधेश के बा,
मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, पंकज केसरी, पाखी हेगड़े, मोनालिसा, रिंकू घोष, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा , जे नीलम, माया यादव, राज चौहान,संभावना सेठ , संजय पाण्डे, मंटू लाल, अयाज खान एवं मनोज टाइगर है.
(संजय भूषण पटियाला)
240 total views, 2 views today