ग्रीन चीली मीडिया एण्ड फिल्म प्राइवेट लि के बैनर तले बने जात मल्टी स्टार भोजपुरी फिलिम ‘‘खून भरी मांग’’ लेके आवत बाड़े निर्माता वितरक प्रदीप भईया जिनकर पहिलका फिलिम रहल ‘विधाता’’. विधाता में दिनेश लाल यादव आ रवि किशन के मुख्य भूमिका रहल आ फिलिम पूरा देश में सगरो सुपर हिट भइल रहे.
‘‘खून भरी मांग’’ प्रदीप भईया के दुसरकी फिलिम ह. एकर निर्देशक बाड़न राजकुमार आर पाण्डेय. लिखले बाड़न संतोष मिश्रा. एकर संगीतो राजकुमार आर पाण्डेए के बा. फिलिम में कुल बारह गाना बावे आ फिलिम महिला प्रधान एक्शन फिलिम होखी. फिलिम के शूटिंग २ दिसंबर से मुम्बई मे शुरू होखे वाला बा.
एह में मुख्य भूमिका आज के सुपरहिट नायक आ गायक खेसारी लाल यादव के बा. नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े, मोनालिसा, शुभी शर्मा अउर अंजना सिंह. अउरी मुख्य भूमिका में पंकज केसरी, संभावना सेठ, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, मनोज टाइगर, आ मंटू लाल वगैरह बाड़े.
रामचंद्र यादव
220 total views, 1 views today