PradeepSingh-RajKumarPandey
ग्रीन चिल्ली एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल मल्टीस्टारर फ़िलिम ‘खून भरी मांग’ मई में रिलीज़ होखा वालब बा. एह घरी एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.

एह फिलिम के निर्माता प्रदीप सिंह भईया बतवलें कि एह एक्शन, ड्रामा, इमोशन, रोमांस से भरल फिलिम के पूरा तरह दर्शकन के मनोरंजन ला बनावल गइल बा आ एकरा के दर्शक खूब पसंद करीहें. काहे कि एके तरह के फिलिम देखत देखत ऊ उबिया गइल बाड़ें. आ जब एगो नया तरह के फिलिम देखे के मिली त ऊ नीक लागबीं के बा.

प्रदीप भईया एगो हिंदी फिलिमो बनावे में लागल बाड़ें जवना के नाम ह ‘लैंड मस्ती’. अबहीं एकर पटकथा लिखात बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: