Khesari_Akshara_Betaabभोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल एह साल फेरू बॉक्स ऑफिस पर हिट फिलिमन के हैट्रिक मार दिहलन. पिछला हफ्ता रिलीज फिलिम ‘बेताब‘ के शानदार सफलता क साथ बॉक्स ऑफिस प एह साल सफल रहे वाली खेसारीलाल के फिलिमन में पहिल रिलीज फिलिम रहुवे ‘कच्चेधागे‘ आ दुसरकी रहल ‘प्रतिज्ञा-2‘ .

एह दुनू फिलिमन के सफलता का बाद हिट रहल बेताब एह साल रिलीज खेसारीलाल के तिसरकी फिलम हउवे. बेताब में खेसारी के किरदार एगो खिसियाइल नवही, एंग्री यंगमैन, के बा आ नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह.

खेसारीलाल के आवे वाली फिलिमन में ‘शोला शबनम‘, ‘चरणों की सौगंध‘, ‘तेरे नाम‘, ‘जो जीता वही सिकंदर‘, आ ‘जानेमन‘ फ्लोर पर बाड़ी स.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: