Khesari-Shubhiपिछला दिने भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ स्टार अभिनेत्री शुभी शर्मा के पटना का श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल में बिहारी हेल्पलाईन के बोलावल छठवाँ समारोह में बिहारी अस्मिता सम्मान 2013 से सम्मानित कइल गइल. खेसारीलाल आ शुभी के मिलल इ सम्मान ओह लोग के भोजपुरी सिनेमा में दिहल योगदान ला दिहल गइल. पुरस्कार मशहूर राजनेता विधायक आ मंत्री रहल प्रेम कुमार, विधान पार्षद मंगल पांडेय आ विधायक राजु सिंह के हाथे दिहल गइल.

एह सम्मान से खेसारीलाल आ शुभी गदगद बाड़ें आ सम्मान समिति के अभार जतावत बाड़ें.


(प्रशांत-निशांत)

Loading

By Editor

One thought on “खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा के दिहल गइल बिहारी अस्मिता सम्मान 2013”

Comments are closed.

%d bloggers like this: