भोजपुरी के मेगा स्टार खेसारी लाल यादव आ निर्माता अनिल कुशवाहा ले के आवत बाड़े “कच्चे धागे”. आ एकरा के परोसत बावे सीपीआई मूवीज.
एह फिलिम के संगीत चंदा ऑडियो-विडियो कंपनी जारी कइले बिया आ बतावल जात बा कि अबले नाहियो त पाँच लाख कैसेट बिका चुकल बा. एकरा गीतन के डिमांड अतना बा कि एकर डुप्लीकेटो कैसेट बाजार में बिकात बा.
निर्माता अनिल कुशवाहा बतावत बाड़े कि फिलिम पारिवारिक आ कॉमेडी प्रधान हियऽ. एकर शूटिंग गुजरात के राजपीपला में करावल गइल. शूटिंग का दौरान बहुते परेशानिओ झेले के पड़ल बाकिर अब फिलिम पूरा हो गइल बा आ अगिला साल २०१४ में एकरा के रिलीज क दीहल जाई.
अनिल कुशवाहा के कंपनी अनिल एंड अनिल फ़िल्म एंटरटेनमेंट के ई तिसरकी फिलिम हियऽ. एकरा पहिले “आवऽ ना ओढ़ा दी ओढनिया ऐ राजा जी” अउर “लहू के दो रंग” बनवले रहले जवना के बढ़िया रिस्पांस मिलल रहुवे.
निर्देशक मंजुल ठाकुर, संगीतकार अविनाश झा, लेखक मनोज कुशवाहा, छायांकन फ़िरोज़ खान, फाइटमास्टर हीरा यादव,आ नृत्यनिर्देशक रामदेवन एन्थोनी हउवें.
मुख्य कलाकार बाड़े खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, अंजलि श्रीवास्तव, अभय गुप्ता, गोपाल राय, किरण यादव, रत्नेश वर्णवाल, राजीव दिनकर, प्रेम दुबे अउर सीमा सिंह वगैरह.
(संजय भूषण पटियाला)
171 total views, 1 views today