Khesari-bwशौर्य एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत पहिला फिलिम में  खेसारी लाल यादव आ मनोज द्विवेदी एके संगे नजर अइहें. एह फिलिम के कहानी आ निर्देशन मंजुल ठाकुर के बा. निर्माता हउवें  अखिलेश कुमार सिंह.

जानल मानल अभिनेत्री अंजना सिंह एहमें खेसारी संगे आ गीतांजलि शर्मा मनोज द्विवेदी संगे बाड़ी. साथी कलाकारन में संजय पाण्डेय, प्रेम दुबे, संजय वर्मा वगैरह के नाम शामिल बा.

गीत राजेश मिश्रा, प्यारे लाल यादव, आ जाहिर अख्तर के लिखल ह जबकि संगीतकार अविनाश झा घुंघरू हउवें. कुल ९ गो गाना बाड़ी स एह फिलिम में. सवांद लेखक मनोज कुमार कुशवाहा, कैमरामैन नीतू इक़बाल सिंह, कोरिओग्राफर कन्नु मुखर्जी, फाइट मास्टर दिलीप यादव, कला निर्देशक नजीर शेख हउवें.

खेसारी लाल यादव अभिनीत आ ग्रीन चिल्ली मीडिया एंड प्राइवेट मीडिया के बैनर तर बनल फिलिम ‘खून भरी मांग’रिलीज़ ला तइयार बा. एहमें  खेसारी  लाल यादव धमाकेदार  एक्शन करत नजर अइहें.


(संजय भूषण पटियाला)

 437 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: