DharmendraSinghहर तरह के किरदार जियतार बना देबे में माहिर धर्मेन्द्र सिंह अपना अभिनय प्रतिभा के बल पर दर्शकन के मोह लेले. पिछला महीना चेन्नई (मद्रास) के सिनेमाघरों में धमाकेदार रिलीज लिहला का बाद अब बिहारो में ओही धूमधाम से रिलीज गरदा फिलिम में धर्मेन्द्र सिंह के किरदार के दर्शक खूब पसन्द कइले बाड़ें. पूनम दूबे का संगे धर्मेन्द्र के रोमांटिक जोड़ी के लोग पसन्द करत बा.

अब इहो बतवले चलीं कि धर्मेन्द्र सिंह हाल ही में एस एस फ़िल्म फैक्टरी के बनावल एगो अउरी फिलिम विजय पथ के शूटिंग पुरवले ह. एह फिलिम के निर्देशक हउवें संजीव बोहरपी.


(रामचंद्र यादव)

 212 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: