पिछला दिने गायक अजय यादव के वीडियो अलबम “जब माई लेली अवतार” के विमोचन भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ कइले. एकरा के नरजिस म्यूजिक कम्पनी रिलीज कइले बिया.
उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला के तहसील मछलीशहर, गाँव सराय फत्तू के मूल निवासी उभरत गायक अजय यादव के गावल देवी गीत सभके नीक लागत बा. एकर गीतकार आजाद सिंह आ संगीतकार सावन कुमार हउवे.
एहसे पहिले अजय यादव के पहिलका म्यूजिक वीडियो “संतरा चोरवले बिया” एंजल म्यूजिक कपनी से रिलीज भइल रहुवे.
(अपना न्यूज़)
211 total views, 2 views today