मॉडलिंग आ ग्लैमर के दुनिया में जलवा बिखेरत ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह अब सिनेनो में अपना मोहक अदा के जादू चलावत बाड़ी. मैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर में निर्माता हलचल सिंह के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में ऊ ग्लैमर लुक में नज़र आवे वाली बाड़ी.
लेखक निर्देशक ओम जी (ओम प्रकाश यादव) के निर्देशन में बनत एह फिलिम के आखिरी शेड्यूल के शूटिंग जल्दिए पूरा हो जाई. एब फिलिम के भोजपुरी सिनेमा प्रेमी अपना परिवार संगे सिनेमाहाल जा के देख सकीहें.
एह फिलिम में अर्चना सिंह के नायक बाड़ें चर्चित गायक आ व नायक रवि राज दीपू आ साथे रहीहें अरविन्द अकेला कल्लू, नेहा श्री, मनोज टाईगर, सुरेन्द्र पाल, प्रीती सिंह, सी पी भट्ट, अमित कुमार, शफ़ीक़ रंगरेज़, कुन्दन कश्यप अउर बालेश्वर सिंह.
(रामचंद्र यादव)
308 total views, 2 views today