मॉडलिंग अउर ग्लैमर के दुनिया में जलवा बिखेरला क बाद ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह अब सिनेमा के रुपहला परदो पर अपना अभिनय के जादू चलावत बाड़ी.
बॉक्स ऑफिस पर सफल रहल फ़िल्म “फूहड़ सिनेमा” से ग्लैमर क्वीन के नाम चर्चित हो गइल अर्चना सिंह एक के बाद एक भोजपुरी फिलिमन में अपना अभिनय से आपन मौजूदगी दर्ज करावत बाड़ी. अब ले तीन गो सफल भोजपुरी फिलिम – फूहड़ सनीमा, लक्ष्मण रेखा, अउर बड़का छोटका – से अर्चना आपन अलगे पहचान बना लिहले बाड़ी.
अब हालही में अर्चना लेखक निर्देशक ओम प्रकाश यादव के निर्देशन में बनत फिलिम – सजना मंगिया सजाई द हमार – के शूटिंग पूरा क लिहली. एह फिलिम के नायक बाड़े चर्चित गायक आ नायक रवि राज दीपू.
एहसे पहिले अर्चना एस.एस.फ़िल्म फैक्टरी के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित फिलिम “विजय पथ” के शूटिंग पूरा कइले रही. एकर नायक बाड़े विजय वर्मा.
निर्देशक अरविन्द चौबे के फिलिम “दिल हो गइल दीवाना तोहरा प्यार में” के शूटिंगो पूरा क लिहले बाड़ी. एह फिलिम में उनुका साथे बाड़न अरविन्द अकेला कल्लू.
(रामचन्द्र यादव)
153 total views, 1 views today