ArchnaSingh-awardedदार्शनिक मुम्बई प्रेस मीडिया अवार्ड का तरफ से पिछला दिने मॉडलिंग आ ग्लैमर के दुनियाँ में जलवा बिखेरे वाली अभिनत्री अर्चना सिंह के ग्लैमर क्वीन अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.

एह मौका प भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्री के बड़े बड़े निर्देशक, कलाकार, पत्रकार, समाजसेवी आ बुद्धिजीवी मौजूद रहले. एहमें खास रहले राजकुमार आर .पाण्डेय. असलम शेख, जगदीश शर्मा, अरुण बक्शी, रानी चटर्जी, स्मृति सिन्हा, अक्षय सिंह, पवन सिंह, अवधेश मिश्रा, प्रदीप पाण्डेय चिण्टू, मण्टू लाल, आ उदित नारायण वगैरह.

सिनेमो में अपना अभिनय के जादू चलावत अर्चना सिंह एक के बाद एक भोजपुरी फिलिमन में अपना जबरदस्त अभिनय से आपम मौजूदगी दर्ज करवावत बाड़ी.

जाने जोग बा कि हालही में अर्चना लेखक-निर्देशक ओम जी यादव के निर्देशन में “सजना मंगिया सजाई द हमार” फिलिम के शूटिंग पूरा करवली. एह फिलिम में इनकर नायक बाड़े चर्चित गायक से नायक बनल रवि राज “दीपू”. एह फिलिम से पहिले अर्चना एस.एस.फ़िल्म फैक्टरी के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित “विजय पथ” के शूटिंग पूरा करवले रही. “विजय पथ” में इनकर नायक बाड़न विजय वर्मा.

अर्चना आ अरविंद अकेला कल्लु के जोड़ी वाली फिलिम “दिल हो गइल दीवाना तोहरा प्यार में” के शूटिंग पहिलही पूरा हो चुकल बा.


(रामचद्र यादव)

 212 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: