11 जुलाई से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज भइल मैनास प्रोडक्शन के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ दूइए दिन में एगारह लाख रुपिया के बिजनेस बिटोर लिहलसि. दर्शकन प राजस्थानी सुपर स्टार अभिनेत्री नेहाश्री आ भोजपुरी गायक आ सुपर स्टार नायक अरविन्द अकेला उर्फ कल्लू के जादू चल गइल बा. लोग एह दुनू के प्यार मोहब्बत के खेल आ अदाकारी खूब पसंद करत बाड़े.
फिलिम के कहानी में नेहाश्री एगो गरीब परिवार के बेटी हई जबकि कल्लू एगो बड़ घर के बेटा. तय बा कि एह तरह के प्यार में लाख अड़चन अइबे करी आ एह सब का बावजूद आपन प्यार जीत लेबे खातिर कल्लू के परेशानी देख सभे मगन बा.
फिलिम के निर्माता हलचल सिंह आ निर्देशक ओम प्रकाश यादव ओम जी के एह फिलिम के सेसर से यू सर्टिफिकेट मिलल बा. लोगो कहत बा कि ढेर दिन बाद भोजपुरी में कवनो फिलिम आइल बा जवना के परिवार संगे बइठ के देखल जा सकेला.
एही प्यार आ उत्साह के प्रतिफल ह कि फिलिम पहिला दिने 5 लाख 53 हजार 994 रूपिया के आ दुसरका दिने 5 लाख 37 हजार 817 रूपिया के बिजनेस करे में सफल रहल. एह सफलता से गदगद निर्माता हलचल सिंह के कहना बा कि सगरी भोजपुरिया भाई बहिन आगहू उनका के अइसने समर्थन देत रहीहें.
फिलिम के मुख्य कलाकारन में अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहाश्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सीपी भट्ट, शफीक रंगरेज, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप, आ सुरेन्द्र पाल शामिल बाड़े.
(रामचंद्र यादव)