महान लोकपर्व छठ पूजा के पावन अवसर पर बिहार में भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह आ हॉट गर्ल मोनालिसा के दू गो फिलिम रिलीज भइल, ‘‘जिददी आशीक’’ आ ‘‘देस परदेस’’.
निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘‘जिददी आशिक’’ में पवन सिंह शानदार एक्शन करत लउकले त विमल कुमार के ‘‘देस परदेस’’ में पवन सिंह एगो नौकर के किरदार में बाड़न जे अपना मालिक के खुशी वापिस ले आवत बा.
‘‘जिददी आशिक’’ में पवन सिंह के दू गो नायिका बाड़ी मोनालिसा आ तनुश्री. अपना प्यार के पावे ला मोनालिसा कवनो हद पार करे ला तइयार लउकली त ‘देस परदेस’’ में ग्लैमरस अंदाज में बाड़ी.
(प्रशांत निशात)
448 total views, 2 views today