रोमांटिक एक्शन फिल्म दरार छठ के महापर्व का अवसर पर रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म मे डायनेमिक नायक अनिल सम्राट आ खूबसूरत अदाकारा सोनाली जोशी के रोमांटिक जोड़ी नजर आई. सम्राट फिल्म्स क्रियेशन्स का बैनर में बनल आ आप इन्टरटेनमेंट लि॰ के एह प्रस्तुति के अजीत श्रीवास्तव निर्देशित कइले बाड़े.
अनिल एह फिल्म में मस्तमौला नवयुवक का किरदार में आ सोनाली जोशी माडर्न गर्ल बनल बाड़ी. एह लोग के प्यार भरल मस्ती आ नोंक झोंक दर्शकन के आनन्द दीहि.
दरार में एह लोग का अलावे पवन सिंह आ मोनालिसो के लीड जोड़ी देखे के मिली. अनिल सम्राट एह फिल्म से आपन अभिनय कैरियर शुरु करे जा रहल बाड़न. अनिल के दू गो अउरी फिल्म, कोठा
आ पवन राजा आजुकाल्हु फ्लोर पर बा.
एह फिल्म में एक दर्जन गाना बा. तसलीम आ तेजाश्री के आयटम डाँस देखेवालन के झूमा दी. गीत आ संगीत विनय बिहारी के बा, कथा पटकथा मनोज हंसराज के, संवाद संतोष मिश्रा के, कैमरा आर आर प्रिंस के, मारधाड़ संयोजन आर पी यादव के आ संपादन चैतन्य तमन्ना के बा.
एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता “आप इन्टरटेनमेंट” बालीवुड फिल्म “नॉक आउट” के निर्माता कंपनी हवे.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
316 total views, 6 views today