संगीतकार दामोदर राव पिछला दिने आपन जनम दिन अपना घरही पर मनवले. एह मौका प उनुका के बधाई देबे आवे वालन में निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय, स्टार सुदीप पाण्डेय, राजनिका गांगुली, अलका झा, अभिनेता सूरज कुमार, सुमित बाबा, संजीत सजनवा, बलदेव शर्मा, संजीव यादव, मनोज सिंह, शैलेश शुक्ला, जीतेन्द्र झा, किशोर महाराज, सुरीला सिंगर नील कमल, अभिषेक श्रीवास्तव, गायक रुपेश मिश्रा, राजवीर, प्रेम यादव, सिद्धार्थ, अभिनेता आ निर्माता आर एस तिवारी, निर्देशक बलजीत सिंह, अभिनेता कल्याण जी जाना, नेहा बंसल, धर्मेन्द्र सिंह, निर्देशक आकाश चौधरी, सिंगर प्रकाश राज, गायक व गीतकार विकास, गीतकार कुकु प्रभास (प्रभात) विकास राज, एक्टर राहुल ठाकुर, सुनील मिश्रा, भोजपुरी हिंदी फिल्म प्रचारक संजय भूषण पटियाला वगैरह अनेके लोग शामिल रहे.
एकरे अलावा बहुते लोग जे खुद ना आ पावल फोन आ मैसेज से दामोदर राव के आपन शुभकामना भेजल.
दामोदर राव सभका ला धन्यवाद जतावत अपना सुदीप भैया आ निर्माता निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के हार्दिक अभिनन्दन कइलन.
(संजय भूषण पटियाला)
387 total views, 2 views today
Thanks