अपना पहिलका फिलिम ‘यादव पान भंडार’ के रिलीज से पहिलही चरचा में आ चुकल निर्देशक अजय कुमार के उनकर अगिला फिलिम ‘पागल प्रेमी’ के कामयाबी रातोरात स्टार निर्देशक बना दिहलसि आ हालिया रिलीज फिलिम ‘ठोक देब’ के मिलल सफलता से अजय कुमार के गिनिती भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज के टाॅप ५ निर्देशकन में होखे लागल बा.
निर्देशक अजय कुमार के निर्देशित आ सुपर स्टार पवन सिंह के मुख्य भूमिका वाली फिलिम ‘ठोक देब’ बिहार का साथे साथ मुंबईओ में सफलता के डंका बजवले बिया. ई कामयाबी बतावत बा कि अजय कुमार ढेर दूर ले जइहें.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
309 total views, 4 views today