आनन्द मीडिया के पेशकश भोजपुरी फिलिम ‘तकदीर के फैसला’ के भव्य संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के एम फोर यू रिकार्डिंग स्टुडियो में करावल गइल. एह मौका पर मशहूर पार्श्वगायिका इन्दू सोनाली के सुमधुर आवाज़ में संगीतकार छोटे बाबा के निर्देशन में एगो गाना रिकार्ड करावल गइल.
एह फिलिम के निर्माता राजा साहब पी कुमार आ निर्देशक आनन्द श्रीवास्तव हउवे.
नवोदित नायक अमन कुमार एह फिलिम से अपना कैरियर के शुरूआत करत बाड़न. साथे रहीहें नेहा श्री, सुशील सिंह, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, के के गोस्वामी, अउर गोपाल राय वगैरह.
लेखक प्रमोद पाण्डेय (शास्त्री), गीतकार अशोक सिन्हा, सिनेमाटोग्राफर सिद्धू दुबे, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवें.
(रामचंद्र यादव)
297 total views, 2 views today