पिछला दिने राम फ़िल्म स्टूडियो के बैनर में बने जात फिलिम ‘तोहरा से प्यार हो गइल’ के मुहर्त भइल. अगिला महीना से एकर शूटिंग होखे वाला बा. निर्देशक बाड़न इरफ़ान खान. गीत संगीत संजीत कुमार निर्मल, सुरेश साहनी, आ प्रदीप रंजन दिहले बाड़न. एहमें कुल नौ गो गाना रही.
प्रतापगढ़ के राज यादव जे गायक से नायक बनल बाड़े एह फिलिम के मुख्य किरदार करीहें. इनकर पहिल एलबम ‘भऊजी कर द गवनवा’ बहुते सफल भइल रहे. बढ़िया आवाज वाला राज यादव पहिले गायकी से दिल जीतले आ अब नायक बन के अपना जिला के नाम रोशन कइल चाहत बाड़न.
अउरी कलाकारन में अलिसा नरोने, शिवानी मिश्रा, भानु प्रिया आ नम्रता बाड़ी. गाना राज यादव, अलका झा, किरण मिश्रा, अपर्णा आ पूजा के आवाज में बावे.
निर्माता राजेश यादव अपनही हउवें. . मुख्य कलाकार -राज यादव, अलिसा नरोने,शिवानी मिश्रा ,भानु प्रिया ,नम्रता.
(संजय भूषण पटियाला)
280 total views, 2 views today