Rakhi-Yash-liplockभोजपुरी के नयका स्टार यश कुमार आ चर्चित अभिनेत्री राखी त्रिपाठी के लिप लॉक एह घरी भोजपुरी फ़िल्म जगत में चर्चा के विषय बन गइल बा.

दरअसल, यश आ राखी लेखक निर्देशक विमल कुमार के अगिला फिलिम “दरिया दिल” में रानी चटर्जी का साथे मुख्य भूमिका में बाड़ें. हाल ही में एकर शूटिंग खतम भइल. आखिरी दिन यश आ राखी प एगो गाना फिलिमावल गइल. राजेश गुप्ता के संगीत प एह गाना के खुद यश गवले. एही गाना के एगो सीन में यश आ राखी के देरी ले लिप लॉक देखावल गइल बा..

यश बतवले कि “दरिया दिल” में उ एगो दिलफेंक लड़िका के किरदार में बाड़न जेकरा से राखी प्यार करतारी. जबकि यश के दादा जी (कुणाल सिंह) उनुका ला दोसर लइकी (रानी चटर्जी) पसंद क चुकल बाड़े,

निर्देशक विमल कुमार के कहना बा कि एह फिलिम में यश कुमार के जोरदार एक्शन आ रोमांस देखे के मिली. रानी चटर्जीओ अपना अभिनय से साबित कइले बाड़ी कि उ साचहु भोजपुरी सिनेमा के रानी हई.

“दरिया दिल” के निर्माण मुम्बई टाकीज़ ( इंडिया) के बैनर तर निर्माता वरदान आष्टा करत बाड़े. एकरा के परोसत बाड़े दीपक शाह.

मुख्य कलाकारन में यश कुमार, रानी चटर्जी, राखी त्रिपाठी, महानायक कुणाल सिंह, राकेश पाण्डेय, गोपाल राय, नीलिमा सिंह, प्रिया पांडे, सोनिया मिश्रा, अशोक कुलकर्णी, संजय वर्मा, विजय वर्मा अउर संजय पांडे बाड़े. इहे ना, भोजपुरी के गरम लिट्टी कहात अभिनेत्री अंजनो सिंह मेहमान भूमिका में आपन जलवा देखवले बाड़ी.


(उदय भगत)

 186 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: