RanjitSingh-with-fansबिहार में सफलता का बाद मुंबई आ गुजरात में रिलीज भइल फिलिम ‘चरणों की सौगंध’ में एगो वकील के मजगर भूमिका निभाके रंजीत सिंह दर्शकन के मन मोह लिहले बाड़न.एह फिलिम के नायक सुपर स्टार खेसारी लाल यादव जब जब कानून के चंगुल में फँसत बाड़न तब तब कवनो ना कवनो कानूनी दाँव पेंच लगा के उनका के बचा लेत बाड़न रंजीत सिंह. जरुरत पड़ला प बढ़िया से हाथो गोड़ चला लेत बाड़न. एह दुनू कला पर दर्शक फ़िदा हो गइले त बरसात वाला गीत पर नायिका प्रिया सिंह संगे इनकर रोमांसो लोग के खूब मन भवले बा.

एह बात के सुबूत तब मिलल जब मुंबई के अँधेरी में नवरंग सिनेमा हाल में फिलिम देखे चहुँपल रंजीत सिंह के अपना बीच देखि दर्शक झूम उठले.


(रामचंद्र यादव)

 299 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: