मशहूर निर्देशक दिनेश यादव अपना नइकी फिलिम “दिवानगी हद से” के शुटिंग में लागल बाड़न जवन गुजरात के राजपिपला में चलत बा. निर्माता कांति लाल मारू हउवन. एह निर्माता आ निर्देशक के जोड़ी निरहुआ साथे “कसम वर्दी की” फिलिम दिहले रहलन.
एह शुटिंग में शामिल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के अव्वल खलनायक संजय पांडे. दिनेश यादव के निर्देशन में पहिले बनल “धड़के तोहरे नावे करेजवा”, “प्रेम दिवानी” अउर “कसम वर्दी की” फिलिमो में मुख्य खलनायक संजय पांडे आपन रंग जमवले रहलें. संजय के कहना बा कि दिनेश जी संगे काम क के बहुते कुछ सीखे के मौका मिलेला.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
276 total views, 2 views today