भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अनेके लोग के दिल जीतले बाड़ी बाकिर आजुकाल्हु परेशान बाड़ी अपना दिल से. अब खबर बा कि सीमा सिंह से केहू उनकर दिल माँगत बा. बेसी अचकचइला के जरुरत नइखे. असल में सीमा सिंह एगो फिलिम साईन कइले बाड़ी जवना के नाँव ह ‘सईंया जी दिलवा मांगे ले’. अब जब एह फिलिम के शूटिंग करत सीमा सिंह के जेही देखल इहे कहल कि सीमा सिंह के जवाब नइखे.
एह फिलिम के निर्माता निर्देशक हउवें राजकुमार पांडे. भोजपुरी खलनायक नंबर वन संजयो पांडे एह फिलिम में आपन जलवा देखावत नजर अइहें. आ सीमा सिंह त आयटम नम्बर करबे करीहें एगो मजगर किरदारो में नजर अइहें.
(शशिकांत सिंह,रंजन सिन्हा)
264 total views, 2 views today