seema_singh_greenशाहरुख खान आ काजोल के हि्दी फिलिम “दिल वाले दुलहनिया ले जायेंगे” त रउरो देखले होखब आ ई फिलिम अबहियों मुंबई के मराठा मंदिर सिनेमाघर में दर्शकन के मनोरंजन करावत बिया. अब बारी आइल बा भोजपुरी में बनत “दुलहनिया ले जाई दिलवाला” के.

एह फिलिम ला पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के डांसिग क्वीन सीमा सिंह आपन एगो आयटम नंबर शूट करवली. एह गाना ला सीमा सिंह खातित खास तौर पर एगो हरियर कास्ट्यूम बनवावल रहे. सीमा सिंह कहली कि जब फिलिम के बारे में सुनली त चउंकल रही काहे कि उनुका दिमाग में शाहरुख खान आ काजोल के चेहरा घूमत रहे.

देखल जाव कि सीमा सिंह के डांस आयटम के हंगामा कइसन होखी एह फिलिम में.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 297 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: