dulheraja-partyयशी फिल्म्स प्रा०लि० के बैनर तले बनल निर्माता अभय सिन्हा आ व निशांत उज्जवल के ‘दूल्हे राजा’ के बॉक्स ऑफिस पर मिलल शानदार सफलता के जश्न पिछला दिने मुम्बई के रामी गेस्ट लाईन होटल में धूमधाम से मनावल गइल.

एह सक्सेस पार्टी में फिलिम के अभिनेता निरहुआ, अभिनेत्री मधु शर्मा, निर्माता अभय सिन्हा के बधाई देबे रिलायंस नेटवर्क के तरूण कटियाल, इम्पा अध्यक्ष टी०पी० अग्रवाल, निर्देशक राज सिप्पी, अभिनेता रविकिशन, पवन सिंह, अभिनेत्री मोनालिसा, स्मृति सिन्हा, शुभी शर्मा समेत अनेके खासमखास लोग पहुँचल.

जान जाईं जे ‘दूल्हे राजा’ अपना पहिलका दू हफ्ता में पूरा देश में ऐतिहासिक व्यवसाय कइलसि आ एह सफलता से पूरा भोजपुरी उद्योग में खुशी के माहौल बा.


(प्रशांत निशांत)

 359 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: