Settingbaaz-teamअनेके हिंदी, कन्नड़ आ भोजपुरी फिलिमन के फाइनेंस क चुकल फाइनैन्सर धीरेन्द्र चौबे के अगिला फिलिम “सेटिंगबाज” के शूटिंग पिछला दिने महाराष्ट्र के कर्जत शहर में पूरा क लीहल गइल.

एह फिलिम के परोसत बिया धीरेन्द्र चौबे के फाइनेंस कंपनी माँ केला देवी फिल्म्स. बढ़िया गाना आ मनोरंजन से भरल एह कॉमेडी फिलिम के बारे में बतावत धीरेन्द्र चौबे कहलन कि उनकर कंपनी अइसन कलाकारन के मौका दीहल चाहत बिया जिनका लगे कौशल त बा बाकिर काम नइखे. कहलन कि भोजपुरी से पूरा लगाव बा से भोजपुरी फिलिमन के बढ़ावा देबे ला सगरी निर्मातन, निर्देशकन आ कलाकारन के प्रोत्साहित करत रहले.

सेटिंगबाज में कुल ९ गो गाना बा. एह घरी एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुम्बई में होखत बा.

नवनिर्मल के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता हई गीता बीट. गीत संगीत संतोष पुरी के बा. मुख्य कलाकारन में राहुल सिंह, अपूर्व, मनोज टाइगर, प्रकाश जैस, नैना, साहब लाल, जफ़र खान, समर्थ चतुर्वेदी, रूपा सिंह आ बबन यादव शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

 139 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: