दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव बाड़े मुख्य भूमिका में.

hathkadi_muhurtएह साल २०१४ के पहिलका बड़हन भोजपुरी फिलिम “हथकड़ी” के मुहुर्त पिछला दिने धूमधाम से मुबई के गोरेगांव पश्चिम के कृष्णा स्टूडियो मे कइळ गइल. मशहूर निर्देशक रविसिन्हा के एह फिलिम मे भोजपुरी सुपर स्टार्स दिनेश लाल यादव निरहुआ अउर खेसारी लाल यादव के मुख्य भूमिका बा.

रेखा सिंहा आ ओम प्रकाश शर्मा एकरा के बनावत बाड़े. सहयोगी निर्माता हरीश(बाबू) भाई, भरत बी.जैन आ श्रवण अग्रवाल हउवे.

एह मौका प भोजपुरी आ हिन्दी सिनेमा के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहुवे. एहमे वेस्टर्न इंडिया फिल्म प्रोड्यूसर एशोसिएशन के चेयरमैन संग्राम शिर्के, नरेश महोनत, धरम मेहरा, बिहार के विधायक, फिल्म निर्माता आ वितरक डाक्टर सुनील, जानल मानल फाईनेंसर आ आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार, फिल्म निर्माता शिवनारायण सिंह, शंकर रोहरा, मुकेश सोनी, वितरक लियाकत गोला, निर्देशक आनंद गहतराज, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, अभिनेता विकास सिंह उर्फ भोजपुरिया वीरप्पन, एडीटर गोविन्द दूबे, फिल्म प्रचारक शशिकांत सिंह, रजंन सिंहा अउर उदय भगत वगैरह शामिल रहले.

दिनेश यादव निरहुआ एह मौका प निर्देशक रविसिंहा के तारीफ कइले आ कहले कि उनका फिलिम “अदालत” मे काम कइला का बाद उनका मालूम रहे कि इनका अउरिओ फिलिमन मे काम करे बा. कहलन कि फिलिम कमाल के होखी.

एह फिलिम में भोजपुरी दिनेश लाल यादव, खेसारी लाल यादव, अवधेश मिश्रा, नीरज यादव अहिरा, अयाज खान, बालेश्वर सिंह अउर शाहिल शम्स मजगर किरदार मे बाड़े. दू गो नायिका रहीहे बाकिर अबही ले तय नइखे कि के रही.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)

 259 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: