साक्षी फिल्म्स के बैनर में बनत फिलिम ‘धड़कन’ के संगीतमय शुरूआत पिछला दिने एकर गीत रिकार्ड करा के एम फॉर यू स्टुडियो में भइल.
निर्माता अनिल सिंह के एह फिलिम के निर्देशन राजू करत बाड़े.
कलाकारन में सुपरस्टार पवन सिंह, अभिनेत्री पाखी हेगड़े अउर राकेश मिश्रा मुख्य भूमिका में रहीहें.
एकर गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार मधुकर आनंद, आ लेखक मनोज सिंह टाईगर हउवे.
मुहुर्त के एह मौका पर पवन सिंह, राकेश मिश्रा, शुभी शर्मा, सिमरन जयसवाल, पुष्पा वर्मा, मनीष चतुर्वेदी, संजना, निदेशक विमल कुमार, असलम शेख, माया यादव वगैरह खासमखास लोग मौजूद रहल.
(प्रशांत निशांत)
267 total views, 6 views today