सुपरस्टार खेसारीलाल के जलवा नयको साल मे बॉक्स ऑफिस पर जारी बा. एह साल रिलीज खेसारीलाल यादव के फिलिम ‘कच्चे धागे’ बिहार मे सगरो शानदार व्यवसाय करत बिया. बिहार के 60 से अधिका सिनेमाघर में रिलीज भइल एह फिलिम के देखे ला औरतन के हजूम जुटत बा.
एह समहर पारिवारिक फिलिम मे खेसारीलाल के बेहतरीन अभिनय दर्शक बहुते पसंद करत बाड़े. एहमे गवई जिदंगी की याद करावत खेसारीलाल के कास्ट्यूमो के जम के सराहत बाड़े दर्शक.
एहमे नायिका बाड़ी स्मृति सिन्हा.
कच्चे धागे का बाद एह साल खेसारीलाल के अगिला रिलीज होखि प्रतिज्ञा-2.
(प्रशांत निशांत)
304 total views, 2 views today