bipinSingh
भोजपुरिया खलनायक बिपिन सिंह साल २०१४ में अपना धुआंधार फिलिमन से भोजपुरिया परदा पर गरदा उड़इहे. पिछलको साल बिपिन सिंह अपना मजगर किरदार आ सशक्त अभिनय से खूब वाहवाही बटोरले रहले आ एहू साल अपना खलनायकी से दर्शकन के मन मोह लीहें.

नयका साल में बिपिन सिंह के आठ गो फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ. एहनी के नाम ह विनय बिहारी निर्देशित “प्यार मोहब्बत जिंदाबाद”, लोकेश मिनारिया निर्देशित “मायाजाल”, अमिताभ कुमार निर्देशित “अँखियाँ जब से लड़ल”, अजय कुमार निर्देशित “ठोक देब”, अजय कुमार झा निर्देशित “जीना मरना तेरे संग”, बाली निर्देशित “चरणों कि सौगंध”, सनोज मिश्रा निर्देशित “विजयतिलक”, आ अभय आदित्य सिंह निर्देशित “महालंठ”.

अपना सफलता से उत्साहित बिपिन सिंह एकर श्रेय अपना प्रशंसक दर्शकन के देत बाड़े.


(रामचंद्र यादव)
(२९ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: