भारत पुरुष प्रधान देश होखला का बावजूद एहिजा नारी के महिमा के जतने बखान कइल जाव कम रही. राजस्थानी सिनेस्टार अभिनेत्री नेहा श्री के केंद्रीय भूमिका वाली फिलिम ’डमरू उस्ताद’ एहीला बनावल जात बा.
श्री राम जानकी फिल्म्स के बैनर में बनत एह फिलिम में नेहा श्री आदर्श नारी सावित्री के किरदार कइले बाड़ी. दू भाषा, भोजपुरी आ मैथिली, में बने जात एह फिलिम के लेखक आ निर्देशक हउवें अनूप कुमार, आ निर्माता विष्णु पाठक.
मुख्य कलाकारन में नेहा श्री, अनिल मिश्रा, मिष्टी सिंह, कल्पना मिश्रा, शुभ नारायण, संतोष झा, नीलेश दीपक, स्नेहा राय वगैरह रहीहें.
एगो सवाल के जवाब में नेहाश्री कहली कि ’’नारी एगो शक्ति होले जे प्यार, बलिदान, आ कुल के मान मर्यादा के एक सूत्र में पिरो के सगरी रिश्तन आ समाज के मजगर बनावेले. नारी के कबो कमजोर, अबला ना समुझे के चाहीं. नारी अगर जुल्म, अत्याचार सहेले त समाज के साफ सुथर करे ला काली आ दुर्गो बन जाले. एह फिलिम के सनेसा इहे बा.”
एह फिलिम के पूरा शूटिंग राजस्थान के पहाड़ियन में करावल गइल बा. फिलिम अगिला साल रिलीज होखी.
(रामचंद्र यादव)
195 total views, 3 views today