अशोक पंडित मनले सुजीत तिवारी के आभार
हाल ही में भइल फिल्म निर्देशकन के एसोसिएशन के चुनाव में जबरदस्त सफलता हासिल करे वाला अशोक पंडित गुट भोजपुरी आ मराठी फिलिमन के बनावे आ फाइनेंस करे में लागल कंपनी सी पी आई मूवीज आ ओकर कर्ताधर्ता सुजीत तिवारी खातिर आभार जतवलसि. अशोक पंडित गुट एह बाबत ट्रेड पत्रिकन में बाकायदा विज्ञापन देके आपन बात कहलसि.
जाने जोग बा कि चुनाव में सी पी आई मूवीज अशोक पंडित गुट के खुलेआम समर्थन कइले रहुवे. चुनाव में २४ में से १८ गो जगहा अशोक पंडित गुट के मिलल. खुद अशोक पंडित एसोसिएशन के प्रेजिडेंट चुनइले. मराठी आ भोजपुरी फिलिमन से जुड़ल सुजीत तिवारी के कहना बा कि, अशोक पंडित गुट में कर्मठ लोग के भरमार बा, जे निर्देशकन के हित में हमेशा आगे रहेला. एही चलते उ एह गुट के आपन समर्थन दिहले. एसोसिएशन में अइसने लोग होखे के चाहीं जे अपना सदस्यन के कठिनाई समुझे आ ओकरा के दूर करे. अशोक पंडित गुट के आभार जतवला का बात पर सुजीत तिवारी कहलन कि ई त ओह लोग के बड़प्पन ह. अशोक पंडित के तारीफ़ करत कहलन कि अशोक पंडित फिलिम उद्योगे में ना समाज सेवा आ सामाजिक सरोकारो में हमेशा आगे रहेलें. उमेद जतवलन कि उनकर सी पी आई मूवीज फिल्म निर्देशकन आ एसोशियेशन के बीच पुल के काम करी.
सुजीत तिवारी के कहना ह कि फिल्म निर्देशन एगो कला ह आ फिलिम के सारा दारोमदार निर्देशकन का कान्ह पर रहेला. अगर ओह लोग के दिक्कत आइल त एकर असर फिलिमो पर पड़ेला. भोजपुरी के बीसन फिलिम परोस चुकल सी पी आई मूवीज हमेशा फिलिम आ एहसे जुड़ळ लोगन के धेयान रखले बा आ एही चलते आजु सी पी आई मूवीज आ सुजीत तिवारी के निर्विवाद छवि फिलिम निर्माण क्षेत्र में बा, उनकर मानना ह कि कवनो फिलिम छोट भा बड़ ना होखे. फिलिमन से जुड़ल हर इंसान के बरोबरी के सम्मान मिले के चाहीं. एही चलते उ फिलिम निर्मान में आवे वाला आर्थिक कठिनाई दूर क के ओकरा के सिनेमाघरन ले चहुँपावे के बीड़ा उठवले. उनुके कोशिश से बहुते फिलिम रिलीजो भइली सँ आ निकहा बिजनेसो कइली सँ.
(उदय भगत)
219 total views, 2 views today