mahmood_alam
अबहीं हालही में सुपरहिट भइल भोजपुरी फ़िलिम “प्यार हो के रही” के सफलता के बाद निर्देशक महमूद आलम चरचा में बाड़न. काहे कि उनुका दू गो नया भोजपुरी फिलिम मिलल बा “आ गले लग जा” अउर “राजा हिंदुस्तानी”. आ मिलीत काहे ना जब निर्देशक महमूद आलम एतना कम समय में भोजपुरी इंडस्ट्री में आपन नाम रोशन क लिहले बाड़न.

निर्देशक महमूद आलम अपना एगो इंटरव्यू में साफ सुथर फिलिम देबे के वादा कइले रहले आ ओह वादा के बखूबी निभा दिहले.

एडीआरएस एंटरटेनमेंट का बैनर में निर्माता प्रवीन कुमार के फिलिम “आ गले लग जा” में रानी चटर्जी, सुजीत पाण्डेय, निखिल राज वगैरह आ “राजा हिंदुस्तानी” में मनोज पाण्डेय आ मोनालिसा मुख्य कलाकार बाड़े.

शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.


(संजय भूषण)

 263 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: