नीरज यादव आ सीमा सिंह एक संगे ’प्रतिघात’ में

by | Jan 31, 2013 | 0 comments

seema-neerajअनुभव मोशन पीक्चर्स के बैनर तले बने जात भोजपूरी फिलिम “प्रतिघात” मे एक्शन खलनायक नीरज यादव आईटम गर्ल सीमा सिंह संगे नजर आवे वाला बाड़ें. एही फिलिम से एह नवोदित अभिनेता के भोजपुरी परदा पर उतारल जात बा. नीरज एह फिलिम में मूख्य खलनायक बाड़ें.

नीरज यादव के कहना ह कि आजु बहुते वीडियो फिल्म बनावे वाला निर्देशक फिलिम बनावे लागल बाड़ें जवना से फिलिम तकनीकि रूप से बहुते कमजोर बनत बाड़ी सँ. एह माहौल के बदलला के जरूरत बा. काहे कि बहुते निर्माता निर्देशक अइसनो बाड़े जिनका भोजपुरी भाषा संस्कृति के तनिको जानकारी ना होखे आ भोजपुरी के नाम पर बेतुकी फिलिम परोसत रहेलें.

नीरज यादव एहसे पहिले अनेके धारावाहिकन आ टेली फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ें. लखनऊ दूरदर्शन पर नीरज अक्सर कवनो ना कवनो शो करत रहेलें.

एह नारी प्रधान फिलिम में आठ गो गाना बाड़ी सँ आ निर्देशन करत बाड़ें राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता आनंद डी गहतराज, जे भोजपुरी में अनेके फिलिमन के निर्देशन कर के आपन एगो अलगे पहिचान बना लिहले बाड़न.

बतावल जात बा कि एह फिलिम के एके साथ देश के दू सौ सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निर्माता अनुभव मोशन पिक्चर्स, निर्देशक आनंद डी गहतराज, गीत- संगीत एस. कुमार, छायांकन नरेन्द्र पटेल, नृत्य महादेवन, फाईट दर्शन सिंह, आ पटकथा-संवाद मनोज पाण्डेय के बा.
.
मूख्य कलाकार नीरज यादव, अक्षरा सिंह, हैदर काजमी, शुभम तिवारी, मोना राय, विपिन सिंह, निलिमा सिंह, राकेश त्रिपाठी, सीमा सिंह वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up