NilimaSingh-angrylookअबले रउवा सभे मरद विलेन त खूब देखले होखब बाकिर औरत विलेन कमे देखे के मिलेला. अब भोजपुरी फिलिम “ठोक देब” में एगो विलेन बन के परदा पर आइल नीलिमा सिंह अपना प्रभावशाली किरदार से जइसन दहशत पसारत बाड़ी से देखे जोग बा.

सिनेमा भोजपुरी आ छोटको परदा पर नीलिमा सिंह के उनका सशक्त अभिनय खातिर जानल जाला आ एह फिलिम के देख रउवो मानब उनका अभिनय कौशल के.

नीलिमा सिंह के मजगर काम देख रउवो कहब कि “वाह! सभकर हवा निकाल दिहलि”. फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बिया.


(भोजवुड न्यूज)

 284 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: