भोजपुरी के नंबर वन फिल्म निर्माण कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट सिरिफ नवे साल में पूरा दस गो सिक्सर मार लिहलसि,
नौ साल में दस गो फिलिम बनवलसि आ सगरी फिलिम सुपर हिट त भइबे कइली स लोग एहनी के भोजपुरी सिनेमा के मील के पत्थरो मानल.
आदि शक्ति इंटरटेनेंट के मुखिया दूर्गा प्रसाद मजूमदार का बारे में कहला कि दुर्गा दादा आजु के भोजपुरी फिलिमन के लाईब्रेरी हउवें आ अगर बढ़िया फिलिम बनावे के होखे त एह लाइब्रेरी में आईं आ जानीं कि सुपर हिट फिलिम बनावल कइसे जाला.
आदि शाक्ति भोजपुरी फ़िल्म जगत के करीब सगरी अभिनेता, अभिनेत्री, निर्माता, निर्देशकन संगे काम कइले बिया. कंपनी हमेशा ओह निर्माता लोग के साथ देले जे ईमानदारी से मेहनत क के आपन फिलिम बनावेले.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
140 total views, 1 views today