भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह आ स्टार अदाकारा शुभी शर्मा के सुपरहिट जोड़ी फेथ इनकार्पोरेट के बैनर तले बनल ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’’ में नजर आई.
निर्माता राहुल कपूर आ राखी सावंत के बनावल एह फिलिम के निर्देशक हउवे एम. आई. राज.
फिलिम मे पवन सिंह आ शुभी के प्यार प दुश्मनन के नजर लाग जाता आ एकरा बावजूद एहन के प्यार कइसे परवान चढ़ऽता इहे देखावल बा एह फिलिम में.
एह फिलिम मे शाहबाज खान, माया यादव, आ ब्रजेश त्रिपाठी के शानदार भूमिका बा. राखी सावंत पर एगो खास गीत फिलिमावल गइल बा.
पवन सिंह आ शुभी शर्मा के कहना बा कि फिलिम देखेवालन के बहुते पसंद आई. पवन आ शुभी के जोड़ी एहसे पहिले ‘भईया के साली ओढनिया वाली’ आ ‘वीर बलवान’ मे आ चुकल बा.
(प्रशांत निशांत)
470 total views, 7 views today