भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के पिछला शुक का दिने रिलीज फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के सगरी बिहार में बंपर ओपनिंग मिलल बा.
पटना के वीणा, आरा के मोहन, बक्सर के दुर्गा, मोतिहारी के पायल, आ छपरा के शिल्पी समेत पचासो से अधिका सिनेमाघर में एकरा शानदार ओपनिंग मिलल बा.
एह फिलिम में पवन सिंह के नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े. निर्देशन विनय बिहारी के ह. फिलिम के कहानी में एगो सवर्ण लड़िका आ दलित लड़िकी के प्रेम आ एह चलते उठे वाला बवण्डर देखावल गइल बा.
फिलिम के गाना त पहिलही से सुपरहिट बाड़ी स आ लोग पवन के अदाकारी आ एक्शन सीन्स के सराहत अघात नइखे..
(प्रशांत-निशांत)
401 total views, 2 views today