भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा पाखी अब निर्माता दीपक सावंत के फिलिम ‘लीडर’ में अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन संगे लउकीहें.
एह फिलिम में पाखी अमिताभ के पतोहु का भूमिका में बाड़ी जे राजनीतिक भ्रष्टाचार का खिलाफ आवाज उठावत बाड़ी. फिलिम में गंगा नाम के पाखी के किरदार बहुते सशक्त बा.
एह में पाखी के नायक दिनेशलाल बनल बाड़ें. फिलिम ‘लीडर’ के पहिला झलक पिछला दिने मुंबई में देखावल गइल.
महिला आरक्षण का मुद्दा प बनल एह फिलिम के एही महीना रिलीज कइल जाई.
(प्रशान्त-निशान्त)
242 total views, 2 views today